Sunday, January 25, 2009

फिल्म भाई होखे त भरत नियन का एक दृश्य


बाएं से अजय शर्मा, शहनाज़, भरत शर्मा, रानी चटर्जी एवं प्रतिभा सिंह

1 comment:

R. K. PANDEY said...

प्रतिभा जी
प्रणाम

आज बहुत दिन के बाद व्यस्तता से निकल करके राउर प्रोफाइल के पढ़े के मौका मिलल आ एक ही बात मन में उठल एक प्रश्न आ अफ़सोस के रूप में की इतना दिन से काहे ना हम राउर प्रोफाइल के अवलोकन कईनी ? आज जे भावना आ लगाव उमड़ रहल बा आ एकर परिणाम स्वरुप जे हमार ई भावनात्मक अभिव्यक्ति एह ईमेल के माध्यम से अपने भीरी जाए के व्याकुल बा, ई पाहिले काहे ना ? जीवन के व्यस्तता कई बार सकारात्मक पक्ष के भी कवनो अन्हार कोना में समेत कर के बईठ जाला, आज हमरा लाग रहल बा की सच में हमार व्यस्तता एक कला के जीवंत प्रतिमा से मिले में विलम्ब करा देहल. एकरा खातिर हमार अमुक व्यस्तता त क्षमा-याचना ना कर सके लेकिन हम जरुर कर रहल बानी. एह आशा आ विश्वास के साथ की अपने इतना दिन के बाद ई अभिव्यक्ति ईमेल से भेजे खातिर हमरा माफ़ जरुर करब.

राउर प्रतिभा-पूर्ण प्रोफाइल के अवलोकन कईनी आ कुछ फोटो के भी. संच कहीं त मौका ना मिलल कभी राउर एल्बम सुनी के भा देखे के लेकिन फोटो मात्र ही राउर प्रतिभा के एक पूर्व-कलाकार के समक्ष उजागर आ भावुक करे में सक्षम बा. काहे की स्क्रिप्ट के अनुसार चरित्र के इमानदारी से निभावल ही हमरा समझ से एक कलाकार के सम्पूर्ण जिम्मेवारी होला. आ अपने एह में पूर्णरूपेण सक्षम बानी.

अपने आइसही बढ़त रहीं कला के मार्ग में ईहे हमार सपरिवार मंगल कामना बा. कोल्कता हमेशा से कलाकार, साहित्यकार आ संगीतकार के गढ़ रहल, ख़ुशी एह बात के बा की आज अपने सभे कोल्कता में भोजपुरी के जीवंत रखले बानी जा. असाम से कल्पना दीदी, कोल्कता से मोहिनी घोष बहिन, ममता जी आ रवुआ भोजपुरी के प्रति लोग के आकर्षित कर रहल बानी आ भोजपुरी के प्रचारित आ प्रसारित कर रहल बानी. एकरा खातिर भोजपुरी समाज के तरफ से अपने सभे के जेतना प्रशंसा करल जाव कम बा.

अपने सभे के सफलता आ उज्जवल भविष्य खातिर हमेशा प्रार्थना करत राहिला हमनी के, राउर परिवार में ख़ुशी आ सफलता हमेशा बना रहो आ सब कुछ कुशल-मंगल से परिपूर्ण रहो.

कोल्कता में एही साईट के एक सदस्य श्री सुशिल तिवारी जी एक भव्य सम्मलेन के आयोजन कर रहल बानी २४ जनवरी'२०१० के आ हमार अपने से विनती बा की ओह महत्वपूर्ण सम्मलेन में भाग लेकर के भोजपुरी के एह सम्मलेन के गौरवान्वित करीं. सम्मलेन के विशेस जानकारी खातिर अपने ईमेल करब त हम जरुर सुशिल भाई के संपर्क करे खातिर अपने के उनकर मोबाइल नंबर देब. ई सम्मलेन के उद्देश्य बा सभे भोजपुरिया के एक मंच पर लावे के प्रयास जेह से भोजपुरी बिखरो मत बल्कि एकजुट हो जाओ कोल्कता में.

विशेष अगिला ईमेल में.

राउर भाई,
आर के पाण्डेय "राज"
लखनऊ
email -- rkp_lucknow@rediffmail.com
mobile -- 9335020300